विज्ञापन

देवरिया : टैंकर अनियंत्रित होके रेलिंग से टकराईल, एकरा में सवार पेट्रोल पंप मालिक के एगो रिश्तेदार अउरी खलासी के मौत।

देवरिया : टैंकर अनियंत्रित होके रेलिंग से टकराईल, एकरा में सवार पेट्रोल पंप मालिक के एगो रिश्तेदार अउरी खलासी के मौत।

जिला के गौरी बाजार कस्बा में रेलवे ओवर ब्रिज पे सोमार के भोर मे एगो टैंकर अनियंत्रित होके रेलिंग से टकरा गईल। एकरा में सवार पेट्रोल पंप मालिक के एगो रिश्तेदार अउरी खलासी के मौत हो गईल। जबकि टैंकर चालक गंभीर रूप से घायल हो गईल। पुलिस उनकरा के जिला अस्पताल में भर्ती करवइलस, जहां डॉक्टर  हालत नाजुक देख मेडिकल कॉलेज गोरखपुर के खातिर रेफर कई दिहलस। जबकि दुनों शव के पोस्टमार्टम के खातिर भेज दिहलस। घटना के बाद काफी समय तक ओवर ब्रिज पे आवागमन बाधित रहल।

गौरी बाजार थाना क्षेत्र के डुमरी गांव निवासी टैंकर चालक अनिल प्रसाद (55), खलासी रणजीत प्रसाद (18), बैतालपुर तेल डिपो से अतवार के शाम तेल भरे अउरी पथरहट गांव निवासी हरिशंकर सिंह (55) सवार होके गोरखपुर जनपद के कौड़ीराम स्थित एगो पेट्रोल पंप पे डीजल लेके जात रहले। तेल उतरला के बाद वापस आवत रहले । एह दौरान गौरीबाजार कस्बा में ओवर ब्रिज पे चढ़त समय करीब साढे तीन बजे चालक के झपकी आ गईल। जवना कारण चालक वाहन से नियंत्रण खो बैठल अउरी रेलिंग से टकरा गईल। वाहन में सवार पेट्रोल पंप मालिक के रिश्तेदार हरिशंकर नीचे गिर गईले अउरी टैंकर के पहिया उनकरा ऊपर चढ़ गईल। जवना घटनास्थल पे उनकर मौत हो गईल। जबकि खलासी रणजीत प्रसाद के भी गंभीर चोट लगला से वाहन के केबिन में ही मौत हो गईल। अउरी चालक अनिल गंभीर रूप से घायल हो गईल। आवाज सुनके आसपास के लोग अउरी पुलिस पहुंच गइल। पुलिस  अंदर फंसल घायल चालक के जिला अस्पताल पहुंचवलस, जहां हालत नाजुक देखके डॉक्टर  मेडिकल कॉलेज के खातिर रेफर कई दिहले। एसओ अनिल पांडे  बतवले कि घटना में दू लोगन के मौत हो गईल । सहयोग रहा कि वाहन नीचे ना गिरल ना त बड़ हादसा हो जाइत।

Post a Comment

0 Comments