विज्ञापन

दुःखद : वायुसेना के विमान हादसा में CDS जनरल बिपिन रावत, उँहा के पत्नी अउरी 11 अन्य लोगन के निधन।

दुःखद : वायुसेना के विमान हादसा में CDS जनरल बिपिन रावत, उँहा के पत्नी अउरी 11 अन्य लोगन के निधन।

देश के पहीला चीफ ऑफ डिफेंस स्टाफ (सीडीएस) जनरल बिपिन रावत ना रहनी। तमिलनाडु के कुन्नूर में आजु भइल हेलिकॉप्टर हादसा में उँहा का, पत्नी अउरी 11 अन्य अफसर लोगन के साथ मौत हो गईल। भारतीय वायुसेना द्वारा सीडीएस जनरल बिपिन रावत, उहाँ के पत्नी अउरी 11 अन्य लोगन के हेलीकॉप्टर दुर्घटना में मौत के पुष्टि कइल गईल।

जनरल बिपिन रावत के ले जा रहल भारतीय वायुसेना के एगो हेलिकॉप्टर बुध के तमिलनाडु के कुन्नूर के निकट दुर्घटनाग्रस्त हो गईल।  हादसा के कारण के पता लगावे ख़ातिर 'कोर्ट ऑफ इंक्वायरी' के आदेश दिहल गईल बा। हेलीकॉप्टर कोयंबटूर के पास सुलुर वायुसेना अड्डे से उड़ान भरले रहल।हेलिकॉप्टर के गिरते ही एहमें आग लाग गईल। टेलीविजन पर दिखावल जा रहल फुटेज में, बुरी तरह से क्षतिग्रस्त हेलीकॉप्टर से आग के लपट उठत लउकल। दुर्घटनास्थल पर भारतीय वायुसेना के हेलिकॉप्टर के क्षतिग्रस्त अउरी जरल टुकड़ा बिखरल पड़ल रहल। आग में जर जाये के वजह से शव के डीएनए जांच भी करावल जाई।

सीडीएस जनरल रावत वेलिंग्टन में 'डिफेंस सर्विसेज कॉलेज' (डीएससी) जा रहनी। कुछ वरिष्ठ अधिकारिन के लेके हेलीकॉप्टर कोयंबटूर के सुलुर से वेलिंग्टन में डीएससी के ओर जात रहनी, जहां जनरल रावत, थल सेनाध्यक्ष एमएम नरवणे के साथ बाद में एगो कार्यक्रम में भाग लेबे वाला रहनी।



 

Post a Comment

0 Comments