विज्ञापन

गोरखपुर : देशभक्ति गीतन के 10 दिवसीय कार्यशाला के भइल शुभारम्भ।

गोरखपुर : देशभक्ति गीतन के 10 दिवसीय कार्यशाला के भइल शुभारम्भ। 

देश की आज़ादी में भोजपुरी गीतन के बड़ भूमिका रहल बा। महेंद्र मिश्र, रघुवीर नारायण के भोजपुरी देश भक्ति गीत आज भी प्रासंगिक बा। भारत के आजादी के अमृत महोत्सव के अंतर्गत संस्कृति विभाग उत्तर प्रदेश के सहयोग से लोकगायक राकेश श्रीवास्तव के निर्देशन में भोजपुरी देश भक्ति गीतन के 10 दिवसीय  कार्यशाला के शुभारंभ करत बतौर मुख्य अतिथि डॉ मनोज गौतम जी ,उप निदेशक, बौद्ध संग्रहालय ई बात कहनी।  विशिष्ट अतिथि डॉ सुरेश जी कहनी कि भोजपुरी में अश्लीलता के विरुद्ध ई कार्यशाला निश्चित ही नया पीढ़िन के भोजपुरी के परंपरागत गीतन से जोड़ी। विशिष्ट अतिथि कनक हरि अग्रवाल एह कार्यशाला के गोरखपुर में आयोजित करे ख़ातिर संस्कृति विभाग के प्रति आभार व्यक्त कइले।

कार्यशाला के प्रथम दिन रघुवीर नारायण के सुप्रसिद्ध रचना "सुन्दर सुभूमि भइया भारत के देशवा से .......के प्रतिभागि लोग ने बहुत ही मनोयोग से सीखल। 21 दिसम्बर तक चलने वाला एह कार्यशाला में आज 18 प्रतिभागि पंजीकरण करावले। कार्यक्रम के संचालन शिवेन्द्र पांडेय जी कईनी। एह अवसर पर अंजना लाल, दृष्टि श्रीवास्तव, मुस्कान, अर्पिता, कोमल, अविका, स्वीटी, पवन, बंटी, सीमा राय, सलोनी मिश्रा, सर्वेश, शुभम, नीरज सिंह उपस्थित रहले। एह अवसर पर 10 वर्षीय संस्कार श्रीवास्तव कई भाषा में गीत प्रस्तुत कई सभ के मंत्र मुग्ध कई दिहले।



Post a Comment

0 Comments