विज्ञापन

बलिया : मथुरा से भाजपा सांसद अउरी सिने अभिनेत्री हेमा मालिनी जी भाजपा प्रत्याशी ख़ातिर मंगली वोट, जानी का कहली एह दौरान।

बलिया : मथुरा से भाजपा सांसद अउरी सिने अभिनेत्री हेमा मालिनी जी भाजपा प्रत्याशी ख़ातिर मंगली वोट, जानी का कहली एह दौरान।

 मथुरा से भाजपा सांसद अउरी सिने अभिनेत्री हेमा मालिनी जी कहनी कि बीजेपी के राज में देश अउरी प्रदेश के विकास हो रहल बा। बारी अब बलिया के बा। भाजपा के उम्मीदवार विधानसभा पहुंची तभही बलिया के मुंबई बनावे के सपना साकार होई। 


हेमा मालिनी  शुक के नगर के सतीश चंद्र कालेज के मैदान में भाजपा उम्मीदवार दयाशंकर सिंह के पक्ष में जनसभा के संबोधित कइनी। पहले बलिया नगर अउरी रसड़ा में हेमा मालिनी के रोड शो के तैयारी रहल।

लेकिन ऐन वक्त पे एकरा के जनसभा में तब्दील कई दिहल गईल। एकरा कई लोग निराश भी भइले। भाजपा सांसद  कहनी कि तीन मार्च के होखे वाला  मतदान से पूर्व विपक्षी पार्टी तरह-तरह के प्रलोभन दी, लेकिन सूबा के विकास के खातिर भाजपा जरूरी बिया।


सपा पे हमला बोल  सिने अभिनेत्री  कहनी कि अखिलेश राज में प्रदेश में चारों ओर गुंडाराज कायम रहे। कवनो उद्योगपति सूबा में निवेश करे के साहस ना कई पावत रहे, लेकिन योगी राज में हालात बदल गइल बा। पिछला पांच साल में कहीं भी दंगा नइखे भइल।


नोएडा में फिल्म सिटी भी बन रहल बा । बलिया में भी एयरपोर्ट के आवश्यकता महसूस कई जाता । चुनाव बाद एह पे मदद करे के आश्वासन भी दिहनी। इसका पहले सभा के सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त, भाजपा के प्रदेश उपाध्यक्ष अउरी उम्मीदवार दयाशंकर सिंह भी संबोधित कइनी। भगवान पाठक, नागेंद्र पांडेय आदि लोग मौजूद रहले।संचालन संजय मिश्र जी कइनी।


एह से पहले बेल्थरारोड विधानसभा में भाजपा प्रत्याशी छ्ट्ठू राम के समर्थन में जनता इंटर कालेज नगरा के मैदान में हेमा मालिनी जी कहा कि प्रधानमंत्री मोदी के पूरा विश्व सम्मान दे रहल बा। प्रदेश में 200 से अधिक पुलिस स्टेशन बनावल गईल बा । महिला के पुलिस में भर्ती कइल जाता।


योगी राज में महिला अउरी बच्चियां खुद के सुरक्षित महसूस करत बाड़ी बिजली-पानी मिल रहल बा। अंत में अभिनेत्री  जनता के मांग पे शोले फिल्म के डायलॉग भी कहनी। चल धन्नो तेरी बसंती के इज्जत के सवाल बा। एह पे  लोग काफी देर तक ताली बजावत रहले। संचालन अरविंद नारायण सिंह  कइनी।


रसड़ा के गांधी पार्क में भाजपा प्रत्याशी बब्बन राजभर के समर्थन में हेमा मालिनी कहनी कि महिला समृद्धि अउरी सशक्तीकरण के खातिर योगी सरकार कृत संकल्पित बा। कहनी कि अगर आप  हमनी के मौका दीहनी त जइसे प्रदेश में योगी सरकार  कई गो चीनी मिल चालू कइले बाडे़ ओही तरे रसड़ा चीनी मिल अउरी कताई मिल चालू करावे के प्रयास करम।


एक माह के अंदर सीएचसी पर सर्जन सहित अन्य सुविधा होई।एकरा पहिले अखिल भारतीय मद्धेशिया महासभा के नगर अध्यक्ष दिलीप गुप्ता अउरी भाजपा नेता संजय जयसवाल  स्मृति चिन्ह देके सम्मानित कइले।

Post a Comment

0 Comments