विज्ञापन

भीषण सड़क हादसा : गोरखपुर में बारातिन के स्कोर्पियो कार से टकराईल जनरथ बस, दूल्ला के पिता सहित 3 के मौत।

भीषण सड़क हादसा : गोरखपुर में बारातिन के स्कोर्पियो कार से टकराईल जनरथ बस, दूल्ला के पिता सहित 3 के मौत।

गोरखपुर के गगहा थाना क्षेत्र के हाटा बाजार फ्लाईओवर के पास आजु सुबह बारातिन से भरल स्कोर्पियो के जनरथ बस से टक्कर हो गईल। एह हादसा में दूल्ला के पिता सहित 3 लोगन के मौत हो गईल, जबकि 4 के हालत नाजुक बताबल जा रहल बा। बारात काल्हु बड़हलगंज के ग्राम पोहिला से गोरखपुर शहर आई रहल, जवना के बाद सुबह सब वापस लौटत रहले, ओहि वक्त हादसा हो गईल। हादसा में कार के परखच्चा उड़ गईल। शोर-शराबा सुनके मौका पर लोगन के भीड़ लाग गईल। मौका पर पहुंचल पुलिस के जवान लोग घायलन के अस्पताल में भर्ती करावले।

Post a Comment

0 Comments