विज्ञापन

गोरखपुर : कक्षा 4 के छात्रा कनिष्का श्री के विजय गीत सुनके मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी भइनी मंत्रमुग्ध।

गोरखपुर : कक्षा 4 के छात्रा कनिष्का श्री के विजय गीत सुनके मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी भइनी मंत्रमुग्ध।

शहर के विजय चौक स्थित एसएस अकैडमी के कक्षा 4 के छात्रा कनिष्का श्री अग्रवाल द्वारा गावल गईल योगी आदित्यनाथ जी के विजय गीत गोरखनाथ धाम के लोकार्पण मुख्यमंत्री महोदय के कर कमलन से गोरखनाथ मंदिर में भव्य रुप से भइल।

लोकार्पण के उपरांत कनिष्का से मुख्यमंत्री महोदय जी कहनी कि गीत गा के सुनाव त कनिष्का मौका पर गीत गाके सुनावली जबना से उँहा का अत्यधिक प्रसन्न भइनी।

एहि के साथ कनिष्का श्री द्वारा गावल गईल मतदाता जागरूकता गीत के भी मुख्यमंत्री महोदय सुननी अउरी बहुत आशीर्वाद दिहनी। उँहा का कहनी कि निश्चित ही ई छोट बच्ची के द्वारा गावल गईल गीत से मतदान में लोग जागरूक होइंहे।



कनिष्का श्री के माता डॉ निशी अग्रवाल अउरी पिता कनक हरि के हार्दिक इच्छा बा कनिष्का विश्व में अपना देश के प्रतिनिधित्व करसु।

एह गाना के निर्देशन अउरी रिकॉर्डिंग पिंटू प्रीतम अउरी सहयोग प्रदीप सिंह जी कइनी।

लोकार्पण के वक्त सतुआ बाबा बनारस वाले, देवीपाटन वाले महाराज जी, अयोध्या हनुमानगढ़ी के महंत राजू दास जी, दुर्गेश बजाज, कनक हरि अग्रवाल, सौरभ दीक्षित, दीपक सिंह, अमित सिंह मोनू, आनंद सिंह, वीरेंद्र सिंह, जवाहर कसौधन जी, कैलाश जी आदि मौजूद रहल लोग।

Post a Comment

0 Comments