विज्ञापन

विधानसभा चुनाव अपडेट : छठवा चरण के 57 सीट पर 55.79% वोटिंग।

विधानसभा चुनाव अपडेट : छठवा चरण के 57 सीट पर 55.79% वोटिंग।

उत्तर प्रदेश में आजु छठवां चरण के चुनाव में 10 जिलन के 57 सीट पर वोट डालल गईल। शाम 6 बजे तक 55.97% वोटिंग भइल बा। अब तक के सभ फेज में पूर्वांचल वोटिंग के मामला में फिसड्‌डी रहल बा। ईहां अब तक हो चुकल पांच चरणन के तुलना में सबसे कम वोटिंग भइल बा। गोरखपुर के सभ 9 विधानसभा सीट पर शाम 6 बजे तक 58.89 वोटिंग भइल। कैम्पियरगंज में सबसे ज्यादा 58.93% त सबसे कम बासगांव में 50.20% मतदान भइल बा। ओहीजे बलिया में 52.01%, देवरिया में 56%, कुशीनगर में 59% वोटिंग भइल।

हालांकि फाइनल रिपोर्ट अभी आईल बाकी बा लेकिन एक डेटा में बहुत ज्यादा बदलाव में संभावना कम बा।

Post a Comment

0 Comments