विज्ञापन

बलिया : उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य जी कहनी कि समाजवादी पार्टी 10 मार्च के बाद समाप्तवादी पार्टी बन जाई।

बलिया : उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य जी कहनी कि समाजवादी पार्टी 10 मार्च के बाद समाप्तवादी पार्टी बन जाई।

बैरिया (बलिया) : उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य जी कहनी कि समाजवादी पार्टी 10 मार्च के बाद समाप्तवादी पार्टी बन जाई। कोहे कि पहले भी सपा सरकार के प्रदेश के जनता देख चुकल बिया। हमनी के पिछला पांच साल से प्रदेश के जनता के ईमानदारी से सेवा कइले बानी जा। मगर  के बैरिया विधानसभा क्षेत्र में जूनियर हाईस्कूल तालिबपुर के मैदान में भाजपा प्रत्याशी मंत्री आनंद स्वरूप शुक्ल के पक्ष में चुनावी सभा के संबोधित करत रहले ।

उपमुख्यमंत्री कहले कि तीन मार्च के 11 बजे के सपा के  12 बजे जाई। अखिलेश आपन करहल सीट ना बचा पाईहे। प्रदेश में त सपा के लुटिया डूब चुकल बा। उपमुख्यमंत्री जी कहले कि भाजपा सरकार मुफ्त राशन दे रहल बिया। सपा के सरकार होइत  त आप के राशन सरकार में बैठल लोग खा गइल होते। आप लोगन के भाषण खिलाके चल जाए ते । उन्हा के भाजपा सरकार के उपलब्धियां के गिनावत  फ्री बिजली, फ्री गैस सिलेंडर, मकान, जमीन आदि उपलब्ध करावे के संकल्प के दोहरवले। कहले कि 2017 से अब तक ट्रेलर चलत रहल । 11 मार्च से पूरा फिल्म चली। अखिलेश यादव  कहले  कि हमनी के कोरोना वैक्सीन ना लेंम। तीन मार्च के कमल के फूल पे इतना बटन दबा दी कि स्वत: उनकरा कोरोना के वैक्सीन चुभ जाए।

केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर जी समाज के हर वर्ग से भाजपा के समर्थन देवे के अपील करत  कहले कि मतदान से पहले एक बार आप लोग अयोध्या, काशी, मथुरा के स्मरण कई लेम कि कौन  सरकार  इन आस्था के केंद्र के विकास कइले बिया । एकरा बाद ईश्वर के स्मरण कइला  पे आपके अंतरआत्मा कही के भाजपा के वोट दी अउरी आप भाजपा के ही वोट दी। उन्हा के कहनी कि महाराणा प्रताप के झंडा के रंग भगवा रहल, छत्रपति शिवाजी के झंडा के रंग भगवा रहल हम भी भगवाधारी बानी। भाजपा सरकार के उपलब्धियां के गिनावत कहले कि। फिर योगी आदित्यनाथ के सरकार के जनादेश देवे के आग्रह कइनी। कार्यक्रम में सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त, पूर्व सांसद भरत सिंह, पूर्व विधायक विक्रमा सिंह, प्रत्याशी आनंद स्वरूप शुक्ल, मुक्तेश्वर सिंह, मनटन वर्मा, अरविद सिंह सेंगर, पंकज सिंह सहित आदि लोग संबोधित कइले। अध्यक्षता जिलाध्यक्ष जयप्रकाश साहू अउरी संचालन विजय बहादुर सिंह कइले।

Post a Comment

1 Comments

  1. बलिया में कल समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष माननीय मुलायम सिंह के सुपुत्र आदरणीय अखिलेश यादव जी भी आए थे क्या

    ReplyDelete
Emoji
(y)
:)
:(
hihi
:-)
:D
=D
:-d
;(
;-(
@-)
:P
:o
:>)
(o)
:p
(p)
:-s
(m)
8-)
:-t
:-b
b-(
:-#
=p~
x-)
(k)