विज्ञापन

हिंदी फिल्म कंट्रोल के लखनऊ में भइल भव्य मुहूर्त, साइबर क्राइम पर आधारित बिया ई फिल्म।

हिंदी फिल्म कंट्रोल के लखनऊ में भइल भव्य  मुहूर्त, साइबर क्राइम पर आधारित बिया ई फिल्म।


साइबर क्राइम के मामला दिन पर दिन बढ़त जा रहल बा। अक्सर हमनी के ऑनलाइन ठगी के मामला सुने के मिलेला, जवना में लोग के आर्थिक नुकसान पहुंचेला। एकर एगो कारण कहीं न कहीं सही जानकारी के ना होखल भी हो सकेला। हमनी का तकनीक के जमाना में जीयत बानी जा, जवन हमनी खातिर वरदान त बा लेकिन कई बार ई अभिशाप भी बन जाला। साइबर क्राइम आज के समय में एगो बड़ चुनौती बन चुकल बा। एहसे बचे खातिर हमारा अउर रउवा के जागरूक होखल बहुत जरूरी बा। राजा मौली के आरआरआर फिल्म के प्रस्तुतकर्ता अउर संजय लीला भंसाली की गंगूबाई काठीवाड़ी अउर विद्या बालन के कहानी के निर्माता डॉ जयंतीलाल गड़ा व फिल्म के निर्माता अभय सिन्हा अब एहि मुद्दा पर आपन एगो फिल्म लेके आ रहल बा लोग जवना के नाम बा "कंट्रोल"। एह फिलिम में सेना के एगो अफसर के कहानी बा जेकर बचपन के दोस्त ऑनलाइन धोखाधड़ी के शिकार हो जाला आ बहुते मुसीबत में पड़ जाले। अइसना में अभिनेता के अपना दोस्त के न्याय दिलावे खाती बहुत चुनौती के सामना करे के पड़ेला।  सेना के अधिकारी एह मामला के रहस्य के सुलझावे खातिर आम आदमी नियान लड़त बाड़े अऊरी उ पूरा घोटाला के कईसे उजागर करतारे, एकरा के आप फिल्म में बहुत खूबसूरती से देखब।  शुक, 24 जून के एह फिलिम के मुहूर्त निराला नगर रामकृष्ण मठ में स्थित रेइग्नेंट होटल में भइल। एह दौरान फिलिम के निर्माता अभय सिन्हा, सह निर्माता पंकज तिवारी, निर्देशक सफदर अब्बास, कैमरामैन अरुण मौजूद रहले।

 एह फिलिम में आर्मी अफसर के किरदार में अनूप सिंह का अलावा प्रिया आनंद, यशपाल शर्मा, राजेश शर्मा, राजेन्द्र गुप्ता, रोहित राय, अमृतराज भी महत्वपूर्ण भूमिका में नजर अइहें। खास बात ई बा कि एह फिलिम के पूरा शूटिंग लखनऊ में ही अलग अलग लोकेशन पर होखी। एह फिलिम के शूटिंग करीब एक महीना ले शहर में जारी रही जवना में शहर के कलाकारन के भी खास तरजीह दिहल जाई। फिल्म के निर्देशक सफदर अब्बास बतवले कि आरआरआर के प्रस्तुति फिल्म के वितरक डॉ जयंतीलाल गड़ा (पेन स्टूडियो) प्रस्तुत करतारे, जवना में एक्शन से लेके इमोशन तक के चीज़ मिल जाई।  हमनी के फिल्म समाज के इ संदेश देतिया कि तकनीकी युग में मोबाइल फोन के सही इस्तेमाल करीं, ताकि साइबर क्राइम जईसन कवनो घटना आपके संगे ना होखे।

 एह फिलिम के मुहूर्त में सुप्रसिद्ध निर्माता आ फिल्म अभिनेता सतीश कौशिक भी मुख्य अतिथि के रूप में मौजूद रहलें।




Post a Comment

0 Comments