विज्ञापन

दिलीप गुलाटी के संगे भोजपुरी क्वीन रानी चटर्जी, प्रेम सिंह अउरी रवि यादव के फिल्म के मुहूर्त भईल।

दिलीप गुलाटी के संगे भोजपुरी क्वीन रानी चटर्जी, प्रेम सिंह अउरी रवि यादव के फिल्म के मुहूर्त भईल।


 भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री पर राज करे वाली रानी चटर्जी के 3 गो धमाकेदार भोजपुरी फिलिमन के मुहूर्त आजु मुंबई के डीजी 9 स्टूडियो में कइल गइल।  मानल जा रहल बा कि ई साल 2022 में रानी अभिनेत्री के सबले बड़का प्रोजेक्ट होखी जवना में रानी चटर्जी अपना परफॉर्मेंस से धमाल मचावे के तइयारी करत बाड़ी।  रानी के ई 3 गो बड़का फिलिम बा 'नटराज", "गंगा गीता" आ "ईना मिना डीका" जवना के लेखक आ निर्देशक दिलीप गुलाटी जी बाड़न। दिलिप गुलाटी एह इंडस्ट्री के दिग्गज निर्देशकन में से एक हउवें आ ऊ रानी चटर्जी का साथे अपना आवे वाला प्रोजेक्ट पर काम करत बाड़न। एह फिलिम के पूरा शूटिंग जल्दिए लखनऊ आ कानपुर में होई। एह फिलिम के संगीत संगीतकार प्रदीप रंजन आ मनोरंजन झा कइले बाड़न। एह फिलिम के पहिला गाना गीतकार दिलीप गुलाटी के गीत के गायिका ममता रावत के आवाज में रिकार्ड कइल गइल। फिलिम के छायांकन अनिल डांडा, हेमंत महेश्वरी बाड़े आ डांस मास्टर सुनील मोटवानी बाड़े।

रानी चटर्जी के आवे वाली फिलिम नटराज, गंगा गीता आ इना मीना डीका के निर्माण प्रोमिस पिक्चर्स 1997 करत बा जवना में रानी चटर्जी का साथे प्रेम सिंह, रवि यादव आ दीपू श्रीवास्तव मुख्य भूमिका में बाड़न लोग। जबकि एह फिलिम के निर्माता आ कार्यकारी निर्देशक बाड़े कोमल गुलाटी। एह तीनों फिलिमन के प्रचारक पीआरओ संजय भूषण पटियाला हउवें जे कई गो फिलिम फेस्टिवलन में अवार्ड जीत चुकल बाड़न। एह फिलिम के मुहूर्त आजु मुंबई में भइल, जहवाँ एह फिलिम से जुड़ल सभ लोग के साथे सिने जगत के दोसर सेलिब्रिटी लोग भी मौजूद रहलें, जवना में प्रेम सिंह, रवि यादव, जय यादव, रैपर हितेश्वर, पुष्प वर्मा, सागर सलमान पाण्डेय , चहत सूर्यवंशी, आयुष जडेजा, प्रियंका महाराज, प्रदीप रंजन, राज यादव, चंद्र, सुनील, संजय केसरी, दीपू श्रीवास्तव, हेमंत बिर्जे, संजय भूषण पटियाला मौजूद रहले। 

ओहीजे फिल्म "नटराज", "गंगा गीता" अऊरी "ईना मीना डीका" के लेके दिलीप गुलाटी साफ क देले कि इ तीनों फिल्म एक से बढ़के एक बा।  तीनो के विधा अलग बा आ ई दर्शकन के मनोरंजन के एगो अलगे एहसास देबे वाला बा। हमनी सब फिल्म के संगे जल्दिए फ्लोर प आइब जा।  तीनो फिलिमन के मुख्य आकर्षण रानी चटर्जी रहीहें। साथही फिलिम के पटकथा हमनी के प्रोजेक्टन के जान बा। उम्मीद बा कि जब सिनेमा में आई त दर्शकन के ई बहुते नीक लागी।

Post a Comment

0 Comments