विज्ञापन

गोरखपुर : मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी महात्मा गांधी कॉलेज परिसर में नेशनल एजुकेशन सोसाइटी के प्रबंधक स्वर्गीय प्रेम नारायण श्रीवास्तव के प्रतिमा के कइनी अनावरण।

गोरखपुर : मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी महात्मा गांधी कॉलेज परिसर में नेशनल एजुकेशन सोसाइटी के प्रबंधक स्वर्गीय प्रेम नारायण श्रीवास्तव के प्रतिमा के कइनी अनावरण।


तकनीकी आजू के आवश्यकता बा। लेकिन लोक कल्याणकारी विकास के खातिर संवेदनशीलता अपरिहार्य बा। सिर्फ तकनीकी में कैद होके आत्मा के गिरवी ना रखल जा सकता। आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस के साथे ह्यूमन इंटेलीजेंस भी बहुत महत्वपूर्ण बा। तकनीकी के बेहतर उपयोग तब होला जब एकरा साथे संवेदनशील दृढ़ इच्छाशक्ति जुड़ल रहेला।

इ सब बात मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी महात्मा गांधी कॉलेज परिसर में नेशनल एजुकेशन सोसाइटी के प्रबंधक स्वर्गीय प्रेम नारायण श्रीवास्तव के प्रतिमा के अनावरण अउरी शिक्षण संस्थान के संस्थापक रामगरीब लाल के स्मृति में नवीनीकृत सभागार अउरी वरिष्ठ नागरिक प्रेरक परिषद के भवन के लोकार्पण करत कहनी।की कोरोना संकटकाल में जब दुनिया में कई गो देश परेशान रहल। तब भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी जी के मार्गदर्शन में संवेदनशीलता अउरी तकनीकी के सामंजस्य से मात्र नौ माह में दूगो कोविड वैक्सीन बनाके पूरा दुनिया के सामने मानवता के सेवा के नायाब उदाहरण प्रस्तुत कइनी। उन्हा के कहनी कि कोरोना काल में भारत इ दिखा दिहलस कि ओकरा में विश्व गुरु बने के सामर्थ्य बा अउरी आज हम उ संकल्प के साथे तेजी से आगे बढ़त बानी जा।

मुख्यमत्री जी विद्यार्थियन में उर्जा के संचार करत कहनी कि उत्तर प्रदेश के युवा सबसे उर्जावान बाड़े। एकरा के देख के गौरव के अनुभूति होला। आजू देश-दुनिया में कहीं भी जात जीवन के प्रत्येक क्षेत्र में यूपी के युवा आत्मीयता के भाव से कार्य करत दिखाई देला। उ प्रदेश के विकास में योगदान देवे के उत्सुक बा। मुख्यमंत्री जी कहनी कि उत्तर प्रदेश के युवा के तकनीकी रूप से सक्षम अउरी दक्ष बनावे के खातिर सरकार कई गो कार्यक्रम के आगे बढ़ावत बिया। अभ्युदय कोचिंग के योजना से छात्र/छात्रा के प्रतियोगी परीक्षाओं के तैयारी के खातिर कहीं बाहर ना जाई के पड़ेला। एकरा साथ ही सरकार अगला 2 वर्षों में स्नातक-परास्नातक अउरी तकनीकी शिक्षा से जुड़ल छात्र के 5 करोड़ स्मार्टफोन अउरी टेबलेट देवे के संकल्प के साथे आगे बढ़ रहल बिया। अब तक 15 लाख छात्र के स्मार्टफोन अउरी टेबलेट वितरित कइल जा चुकल बा। सरकार के लक्ष्य बा कि हर एगो छात्र राष्ट्रीय शिक्षा नीति के मंशा के अनुरूप आर्थिक स्वावलंबन से आगे बढे अउरी समाज अउरी राष्ट्र के हित में अपना योगदान देंवे। उन्हा के कहनी कि प्रधानमंत्री स्टार्टअप योजना, स्टैंडअप योजना, मुद्रा योजना, प्रधानमंत्री डिजिटल योजना, उत्तर प्रदेश में मुख्यमंत्री कन्या सुमंगला योजना, ओडीओपी योजना आदि युवा लोगन के आगे बढे में मदद कर रहल बा । उन्हा के कहनी कि प्रत्येक शिक्षण संस्था के इ दायित्व बा कि उ शासन के नीतियन से खुद के जोड़त प्रत्येक विद्यार्थी के कल्याणकारी योजना से अवगत करावे। जवना से इ योजना से जुड़के विद्यार्थी डिग्री लेके भटके के मजबूर ना रहे।

 मुख्यमंत्री जी विद्यार्थियन से कहनी कि आज समय के अनुरूप चले के आवश्यकता बा। जे भी समय के गति के ना समझी, उ पीछा छूट जाई। हमनी के जाने के पड़ी कि आजू के आवश्यकता का बा। समयानुरूप निर्णय ना होखला पे हम कोसों दूर रहके एकाकीपन के हिस्सा हो जाए गे हमनी के समय के हिसाब से खुद के तैयार करे के होई । उन्हा के कहनी कि वर्तमान समय में हमनी के आजादी के अमृत महोत्सव मनावत बानी जा। हमनी कि ई विचार करे के होई कि आजादी के शताब्दी वर्ष तक हमनी के कैसन भारत देखल चाहत बानी जा । दुनिया के सबसे बड़ आर्थिक महाशक्ति अउरी दुनिया के नेतृत्व करे वाला भारत देखे के खातिर हमनी के स्वतंत्रता दिवस के अवसर पे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी द्वारा बतावल गइल पंच प्रण से खुद के जोड़े के संकल्प लेबे के होई। ए में युवा के बड़ भूमिका बा मुख्यमंत्री जी कहनी कि विकसित भारत के निर्माण करे में हम सबके जिम्मेदारी बा। अपना क्षेत्र के कर्तव्य के पालन ही राष्ट्रीय कर्तव्य बा अउर अइसन करके हमनी के नया भारत के नया तस्वीर बनाइम जा।

 उहां के कहनी कि विरासत के प्रति सम्मान के भाव राखल हम सबके दायित्व बा और नेशनल एजुकेशन सोसाइटी इ भाव देखाके अभिनंदनीय कार्य कइले बा। नेशनल एजुकेशन सोसाइटी के पूर्व प्रबंधक प्रेम नारायण श्रीवास्तव के याद करत उहां के कहनी कि प्रेम बाबू जेकरा से भी मिलत रहनी, उनकर सहज व्यवहार से उ उनके हो जात रहे। शिक्षा के क्षेत्र में उनकर योगदान सराहनीय बा।

कार्यक्रम में नेशनल एजुकेशन सोसाइटी के तरफ से एमजी कॉलेज में 200 के क्षमता वाला कन्या छात्रावास के मांग पर मुख्यमंत्री जी कहनी कि प्रस्ताव तैयार करके भेजीं, एह प्रस्ताव पे कार्यवाही के आगे बढ़ावल जाई। समारोह के दौरान मुख्यमंत्री जी नेशनल एजुकेशन सोसाइटी के शिक्षण संस्थान के पूर्व शिक्षक अउरी मेधावी छात्र छात्रा के सम्मानित भी कइनी। कार्यक्रम के संचालन नेशनल एजुकेशन सोसाइटी के सचिव मनकेश्वर नाथ पांडेय जी कहनी अउरी आभार ज्ञापन सिद्धार्थ विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति डॉ0 सुरेंद्र दुबे जी कइनी। एह अवसर पे भाजपा के क्षेत्रीय अध्यक्ष अउरी एमएलसी डॉ धर्मेंद्र सिंह, नेशनल एजुकेशन सोसायटी अउरी महात्मा गांधी कॉलेज के प्रबंध समिति के पदाधिकारीगण शिव नारायण श्रीवास्तव, श्रीमती ममता नारायण गंगा दयाल श्रीवास्तव दीप नारायण, हरिनंदन लाल श्रीवास्तव, पूर्वी नारायण, राहुल नारायण, एमजीपीजी कॉलेज के प्राचार्य प्रो अनिल कुमार सिंह, एमजी इंटर कॉलेज के प्रधानाचार्य ओम प्रकाश सिंह आदि मौजूद रहले।

Post a Comment

0 Comments