Ballia : द्वाबा के कान्हा फेरू अपना ताक़त के मनवावले लोहा, प्रतापगढ़ में भईल मुक्केबाज़ी प्रतियोगिता में जीतले काँस्य।
प्रतापगढ़ में भइल मुक्केबाजी प्रतियोगिता में बलिया जिला के सोनबरसा गांव के शाश्वत उपाध्याय ‘कान्हा’ फेरु आपन जोर–हौसला के पहचान दिहलन। ऊ स्वर्गीय जग नारायण उपाध्याय उर्फ बीरा बाबा के नाती हउवन।
कान्हा एह बेर कांस्य पदक जीत के ना खाली गांव, बलुक पूरा इलाका के नाम रोशन कइले बाड़न। एह से पहिले ऊ राष्ट्रीय स्तर के मुक्केबाजी मुकाबला में कांस्य पदक आ राज्य स्तर पर स्वर्ण पदक जीत चुकल बाड़न।

0 Comments