विज्ञापन

बलिया : पूर्व सांसद के भतीजा पर भईल चाकू से वार, घायल।

बलिया : पूर्व सांसद के भतीजा पर भईल चाकू से वार, घायल। 

पूर्व सांसद भरत सिंह के भतीजा चंद्रशेखर सिंह उर्फ आजाद के शुक के गांव के ही एगो युवक चाकू मार के बुरी तरह से घायल कई दिहलस। स्वजन उनकरा के सोनबरसा अस्पताल ले गइल जहां हालत गंभीर देखत चिकित्सक सदर अस्पताल रेफर कई दिहले।  नवकाटोला स्थित एगो मठिया पे श्री कृष्ण जन्माष्टमी पूजन के आयोजन रहल। उहा चंद्रशेखर के पड़ोस केे एगो युवक से कवनो बात के लेके कहासुनी हो गईल। दूनों में हाथापाई होखे लागल। गांव के लोग बीच-बचाव कई के मामला शांत करा दिहले। उहा से चंद्रशेखर घरे लौट गईल। थोड़ा देर बाद पहुचल ऊ युवक चाकू से चंद्रशेखर पे हमला कई दिहले। उनकरा गर्दन अउरी कंधा में चोट आईल बा। स्थानीय लोग आनन-फानन में घायल के सोनबरसा अस्पताल पहुंचवले। उहा प्राथमिक उपचार के बाद उनकरा के रेफर कई दिहल गईल । पुलिस आरोपित के गिरफ्तार करे के प्रयास में लागल बिया।

Post a Comment

0 Comments