विज्ञापन

गोरखपुर : अनियंत्रित कार पलटल, गोरखनाथ ओवरब्रीज पर तीन राहगीर दबले, दुगो के मौत


गोरखपुर : अनियंत्रित कार पलटल, गोरखनाथ ओवरब्रीज पर तीन राहगीर दबले, दुगो के मौत

रिपोर्ट - आर्यन विश्वकर्मा

बीतल रात करीब 01.30 बजे एगो तेजगति अउरी अनियंत्रित कार बेकाबू होके गोरखनाथ ओवरब्रीज के फूटपाथ में लड़के पलट गईल जवनामें कार के चपेट में आके उहाँ पर मौजूद 03 राहगीर कार के नीचे दब गइले। एह सूचना पर जब थाना गोरखनाथ के फोर्स घटनास्थल पर पहुँचल अउर बचाव कार्य शुरू कइलस त ओहमें मौका पर ही 01 व्यक्ति के मृत्यु हो गईल रहे, ओहिजे अन्य 02 घायलन के दवा ईलाज ख़ातिर जिला अस्पताल गोरखपुर भेजा गइल । जहवाँ एहमें से 01 व्यक्ति के ईलाज के दौरान मृत्यु हो गईल अउरी 01 व्यक्ति के सिर में हल्का चोट आइल बतावल गइल, जिनकर ईलाज चल रहल बा । घटनास्थल के निरीक्षण वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक, पुलिस अधीक्षक नगर, क्षेत्राधिकारी गोरखनाथ द्वारा कइल गईल । दुर्घटना  करे वाली कार के पुलिस कब्जा में लिहल गइल बा। ड्राइवर सहित 04 व्यक्तिन के पुलिस हिरासत में लेके पूछताछ कइल जाता। मृतकन के शव के पंचायतनामा अउरी अन्य विधिक कार्यवाही ख़ातिर भेजा गइल।

Post a Comment

0 Comments