विज्ञापन

दर्दनाक हादसा : गुजरात पुल गिरला से 140 से अधिका लोग के मौत; पीएम मोदी हादसा पर दुःख जतावत मृतक लोगन के परिवार के दिहले अनुग्रह राशि।

दर्दनाक हादसा : गुजरात पुल गिरला से 140 से अधिका लोग के मौत;  पीएम मोदी हादसा पर दुःख जतावत मृतक लोगन के परिवार के दिहले अनुग्रह राशि।

गुजरात के मोरबी जिला में अतवार का दिने मच्छु नदी पर केबल पुल गिरला से 140 से अधिका लोग के मौत हो गइल आ कई लोग घायल हो गइल। भारतीय सेना, भारतीय नौसेना, भारतीय वायुसेना, राष्ट्रीय आपदा प्रतिक्रिया बल (एनडीआरएफ) आ राज्य आपदा प्रतिक्रिया बल (एसडीआरएफ) के कई गो टीम एह घरी बचाव अभियान में लागल बिया आ अबले 177 लोग के बचावल जा चुकल बा।

  भारतीय सेना के एगो अधिकारी न्यूज एजेंसी एएनआई से बतवले, उ कहले कि, बचाव अभियान अभी भी जारी बा।  रात के करीब तीन बजे भारतीय सेना इहाँ पहुंचल बिया।  हमनी के लाश के बरामद करे के कोशिश में लागल बानी जा।  एनडीआरएफ के टीम भी बचाव के काम में लागल बा।

हादसा पर दुःख जतावत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मृतक के परिजन के 2 लाख रुपया के अनुग्रह अवुरी घाही लोग के 50 हजार रुपया के मुआवजा देवे के घोषणा कईले। गुजरात सरकार भी जान गँवावे वाला लोग के परिजन के खातिर चार लाख रुपिया के अनुग्रह आ मोरबी पुल गिरला से घायल लोग के पचास हजार रुपिया के मुआवजा देबे के एलान कइलसि।


गुजरात के सीएम भूपन्द्रभाई पटेल मोरबी सिविल अस्पताल के दौरा कइले जहाँ पुल गिरला से घायल लोग के भर्ती करावल गइल बा।


स्रोत- कईगो न्यूज़ चैनल अउरी एजेंसी

Post a Comment

0 Comments