विज्ञापन

बिरजु बादल बनले “माटी के लाल “, कार्यक्रम देख अभिभूत भइनी डा सरिता बूधु।

बिरजु बादल बनले “माटी के लाल “, कार्यक्रम देख अभिभूत भइनी डा सरिता बूधु।

भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ़ इंडिया के तत्वावधान में गोरखपुर के  बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह में आयोजित भईल  “के बनी माटी के लाल “ के फिनाले में कड़ा मुक़ाबला के बाद बिरजू बादल विजेता चुनल गइले  जिनकरा के भाई (भोजपुरी एशोसिएशन ऑफ इंडिया) के ओर से 25000/-  नक़द पुरस्कार दिहल गइल। शेष 4 प्रतिभागी वीर सिंह सूफ़ी, साक्षी श्रीवास्तव, इंद्रजीत मौर्य अउरी अंजना तिवारी के 5100/- दिहल गइल। 

कार्यक्रम के शुभारम्भ मुख्य अतिथि डॉ सरिता बुधु, डा रूप कुमार बनर्जी, डा सुरेश, ध्रुव श्रीवास्तव, प्रगति श्रीवास्तव, ड़ा धर्मेंद्र सिंह सदस्य विधान परिषद, डा मनोज गौतम, रमेश सिंह, पंकज सिंह मुख्य जनसम्पर्क अधिकारी, अंजु चौधरी, डा सत्या पांडेय, उमेश अग्रहरी, राकेश सारस्वत अउरी कनक हरि अग्रवाल दीप प्रज्वलन कई कइनी।

 प्रतियोगिता के शुभारंभ भाई के महिला कलाकार अनिता सिंह, हृदया त्रिपाठी, अंजना लाल, अविका श्रीवास्तव, स्वीटी सिंह, अर्पिता सिंह  पारम्परिक पचरा निमिया के डाढ़ी मैया प्रस्तुत कइ कईल लोग। ओकरा बाद विंध्याचल आज़ाद अउरी साथी उत्कृष्ट फरूवाही नृत्य प्रस्तुत कइले। 


कार्यक्रम से अभिभूत मॉरीशस से पधरली मुख्य अतिथि डॉ सरिता बूधु जी कहनी कि नया पीढ़ी के अपना संस्कार अउरी लोक परम्परा से जोड़े के कार्य भाई कर रहल बा।एह तरह के आयोजन हमेशा होखे के चाही। हमरा अच्छा लागल की संस्था से समाज के हर वर्ग के लोग जुड़ल बाड़े। 

विधान परिषद सदस्य डॉक्टर धर्मेंद्र सिंह जी कहनी की भाई विगत कई साल से एह आयोजन के करत आ रहल बिया। एह प्रतियोगिता के माध्यम से भाई ग्रामीण क्षेत्रन  के युवा कलाकारन के मंच देबे के कार्य कर रहल बिया। उ दिन दूर नइखे जब ईहाँ के कलाकार देश के विभिन्न मंचन पर अपना गायिकी के लोहा मनवइहें।


एहि क्रम बीच वीरेंद्र भारती, सुमित पांडेय, पवन पंक्षी गीत के प्रस्तुति कइल लोग। संगतकर्ता के रूप में गौरव मिश्रा, विक्की, मो. शकील, अखिलेश विश्वकर्मा अउरी बँटी बाबा रहले। अतिथी लोगन के स्वागत संस्था के राष्ट्रीय  उपाध्यक्ष राकेश श्रीवास्तव जी कईनी किया।

निर्णायक के निर्वहन पूनम वाजपेयी अउरी बच्चू शुक्ला निभवले अउरी सफल संचालन शिवेंद्र पांडेय जी कइनी।

मॉरीशस से पधार के डॉ सरिता बूधु जी के कनक हरि अग्रवाल जी श्रीमद्भगवद्गीता भेंट कइनी।

इस अवसर पर एस पी ट्रैफ़िक एम पी सिंह, महापौर सीताराम जयसवाल, आयुष कुलपति ड़ा अवधेश सिंह, काशी नरेश चौबे, अनूप लाल सुभाष दुबे, क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी रविंद्र मिश्रा, संजयन त्रिपाठी मौजूद रहले। आभार ज्ञापन प्रेमनाथ जी कइनी।

Post a Comment

0 Comments