विज्ञापन

गोरखपुर : बेलीपार में बनारस से नववर्ष पर पिकनिक मनाके आवत युवकन के कार टकराईल, 3 युवकन के मौत, 3 घायल।

गोरखपुर : बेलीपार में बनारस से नववर्ष पर पिकनिक मनाके आवत युवकन के कार टकराईल, 3 युवकन के मौत, 3 घायल।

रिपोर्ट - आर्यन विश्वकर्मा

गोरखपुर के बेलीपार फोरलेन पर बनारस से नववर्ष पर पिकनिक मनाके वापस आ रहल महराजगंज के निचलौल निवासी युवकन के स्विफ्ट डिजायर कार देर रात करीब 2 बजे कवनों अज्ञात वाहन से टकरा गईल। एह भीषण हादसा में 3 युवकन के मौत हो गइल, जबकि 3 युवक घायल हो गइले। घायलन के इलाज बीआरडी मेडिकल कालेज में चल रहल बा। हादसा बेलीपार थाना क्षेत्र के महोब गांव के पास गोरखपुर-बनारस एनएच 28 फोरलेन पर भईल। कार में सवार अब्दुल, आशीष अउरी आयुष के मौत हो गईल जबकि अरबाज, गोलू चौहान अउरी शिवांश मिश्र घायल हो गइले। सभ युवकन के उम्र 18 से 25 वर्ष के बीच बा। एह सम्बंध में बेलीपार इंस्पेक्टर इकरार अहमद बतावले कि रात में कार के एक्सीडेंट भईल रहल। 6 युवक घायल भईल रहले, सभ के भर्ती करावल गइल रहे। जवना मे से 3 के मौत के सुचना बा। सभ महराजगंज के निचलौल के रहे वाला बाड़े। आगे के कानूनी कारवाई कइल जा रहल बा।

Post a Comment

0 Comments