विज्ञापन

गोरखपुर : NDRF दिहलस ICICI Academy for Skills के प्रशिक्षणार्थिन के आपदा प्रबंधन के प्रशिक्षण।

गोरखपुर : NDRF दिहलस ICICI Academy for Skills के प्रशिक्षणार्थिन के आपदा प्रबंधन के प्रशिक्षण।

गोरखपुर: तुर्की में आइल विध्वंस कारी जइसन भूकम्प, मानसून सत्र में आवे वाली बाढ़, पहाड़ी क्षेत्र में होखे वाला भूस्खलन, रोड दुर्घटना, ट्रेन दुर्घटना, वर्षा ऋतु में बज्रपात,  कबहु  होखे वाली सर्पदंश के घटना। उपर सभ घटना में जन अउरी संपत्ति के नुकसान भारी मात्रा में आम जन के उठावे के पड़ेला, जवना के कारण से वर्तमान सरकार अउरी आम जन के काफी मुश्किल के सामना करेके पड़ेला।

उपर्युक्त सभ घटना में कम से कम जन अउरी धन के नुकसान होखे एकरा ख़ातिर पूरा भारतवर्ष में राष्ट्रीय आपदा मोचन बल (एन.डी.आर.एफ) में  कार्यरत बचाव कर्ता लोगन द्वारा विभिन्न संस्था जइसे स्कूल के विद्यार्थी, सरकारी कर्मचारी, एनजीओ अउरी बाढ़ क्षेत्र के ग्रामीणन ख़ातिर आपदा प्रबंधन जागरूकता अभियान चलावल जाता । एहि जागरूकता अभियान के अंतर्गत आई.सी.आई.सी.आई. फाउंडेशन में (आई.सी.आई.सी.आई. एकेडमी  फ़ॉर स्किल्स के द्वारा बेरोजगार नवयुवकन  के स्किल्स डेवलपमेंट ट्रेनिंग देके रोजगार उपलब्ध करावे के कार्य कइल जाला) प्रशिक्षण प्राप्त कर रहल नवयुवकन के एनडीआरएफ के मास्टर टीम द्वारा आपदा प्रबंधन पर आधारित एक दिवसीय प्रशिक्षण के आयोजन कईल गइल।



    एहि के सांत्विक रूप देबे ख़ातिर 11 वीं वाहिनी के कमांडेंट श्री मनोज कुमार शर्मा के मार्गदर्शन में दिनांक 14 फरवरी के आपदा प्रबंधन एक दिवसीय कार्यक्रम के आयोजन कईल गइल। एकरा अंतर्गत बतावल गइल कि भूकंप अइला पर बिल्डिंग के अंदर अउरी बाहर रहे वाला लोगन के का कार्रवाई करेके चाहि। रक्तस्राव के रोके के तरीका, सर्पदंश के दौरान का करेके बा का नइखे करेके, हाथ- पैर में कवनो प्रकार के मोच अइला पर चाहे फ्रैक्चर होखला पर प्रबंधन कईसे करेके बा, आकाशीय  बिजली से बचाव कइसे करेके बा,  सी.पी.आर. प्रणाली का ह, एकर प्रबंधन कईसे कइल जाऊ, घरेलू सामान से स्टेचर अउरी राफ्ट तैयार कइल इत्यादि के बारे में निरीक्षक कानाराम के नेतृत्व में ट्रेनिंग टीम द्वारा डेमो दिहल गईल अउरी एकेडमी के प्रशिक्षणार्थिन द्वारा प्रैक्टिस करावल गईल । 

ई कार्यक्रम आई.सी.आई.सी.आई. एकेडमी फॉर स्किल के इंचार्ज श्री अविनाश कुमार सिन्हा के अध्यक्षता में संपन्न कइल गइल अउरी ट्रेनर ज्ञानेंद्र कुमार, नीलेश तिवारी, हेमंत मौर्या अउरी समस्त स्टॉफ कार्यक्रम के दौरान उपस्थित रहले ।

Post a Comment

0 Comments