गोरखपुर: बुध का दिने बौद्ध संग्रहालय के सभागार में ‘रश्मीराथी’ नाटक के मंचन भइल. कलाकार लोग अपना हुनर से ना खाली नाटक के जिंदा कइल बलुक बेहद कठिन नाटक के साधारण तरीका से पेश क के दर्शकन के मंत्रमुग्ध कर दिहल. कर्ण जी के जीवन पर आधारित एह नाटक के प्रस्तुति गजब के रहे। निर्देशक मनवेन्द्र त्रिपाठी कर्ण के किरदार के जीवंतता दिहले. रानी कुंती के किरदार में आकांक्षा हॉल में बइठल हर दर्शक के रोवा दिहली. राज मौर्य कृष्ण के किरदार में आपन अभिनय पराक्रम देखवले. कलाकार लोग परशुराम, इंद्र, दुर्योधन, द्रोणाचार्य, कृपाचार्य, अर्जुन आदि के किरदार में भी आपन अभिनय कौशल देखवलस। दर्शक गैलरी में बइठल प्रो. हर्ष सिन्हा, डॉ. हर्षवर्धन राय, रूपेश श्रीवास्तव आदि के कहनाम रहे कि मनवेंद्र रंगमंच के जादूगर हउवें। सीन के जिंदा करे में उनुकर गजब के हुनर बा।
0 Comments