विज्ञापन

गोरखपुर में दोहरी हत्या के गुत्थी सुलझल, पुलिस पकड़लस खूनी चोर!

गोरखपुर में दोहरी हत्या के गुत्थी सुलझल, पुलिस पकड़लस खूनी चोर!



थाना शाहपुर, जनपद गोरखपुर — दिनांक: 06 दिसम्बर 2025


गोरखपुर जिले के शाहपुर थाना पुलिस एक बड़ा सफलता हासिल कइले बिया। हत्या, चोरी आ चोरी के धन से अर्जित संपत्ति खरीदल जइसन गंभीर अपराध में पुलिस आज एक अभियुक्त के गिरफ्तार कईले बिया। पुलिस आरोपी के कब्जा से चोरी कइल सोने के गहना, नगद रकम, मोबाइल फोन, घटनास्थल पर इस्तेमाल हथौड़ा आ एक दुपहिया वाहन बरामद कइले बिया। पुलिस अनुसार बरामद सामान के कुल कीमत लगभग ₹5 लाख बतावल जात बा।



गिरफ्तारी कैसे भइल?


वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक गोरखपुर के निर्देश पर अपराधी/अपराध पर लगाम लगावे खातिर चलावल जा रहल अभियान के तहत, पुलिस अधीक्षक नगर अभिनव त्यागी के मार्गदर्शन में, क्षेत्राधिकारी गोरखनाथ रवि कुमार सिंह के पर्यवेक्षण में थाना प्रभारी नीरज कुमार राय के नेतृत्व में एक संयुक्त टीम तैयार भइल। एण्टी थेफ्ट सेल, एसओजी/स्वाट टीम आ सर्विलांस सेल के संयुक्त प्रयास से थाना शाहपुर में दर्ज मुकदमा संख्या 550/2025 धारा 103(1) BNS में वांछित अभियुक्त रितेश रंजन उर्फ रजत, पुत्र रामआधारे, निवासी आवास विकास कॉलोनी शाहपुर के गिरफ्तार कर लिहल गइल।



गिरफ्तारी के बाद मुकदमा में धारा बढ़ा के 305, 315, 317(2) BNS जोड़ा गइल बा। पुलिस द्वारा आरोपी पर आगे कानूनी कार्रवाई तेजी से चलावल जा रहल बा।



घटना का पृष्ठभूमि



दिनांक 25 नवम्बर 2025 के एक महिला थाना शाहपुर में तहरीर देले रहली कि अज्ञात अपराधी उनके माता आ बहिन के हत्या कर देले बा। पुलिस जांच में जुटल आ सर्विलांस, तकनीकी साक्ष्य आ विवेचना के आधार पर आरोपी तक पहुंच बनावल गइल।


पूछताछ में आरोपी स्वीकार कइलस कि ऊ मृतका के परिवार से परिचित रहल आ अक्सर घर आवत-जावत रहत। उनका नजर घर में रखल सोने के गहना आ नगद पैसा पर रहे। चोरी के इरादे से आरोपी घर घुसल आ हत्या कर घटना अंजाम देके भाग गइल।


आरोपी का परिचय


  • नाम: रितेश रंजन उर्फ रजत
  • पिता का नाम: रामआधारे
  • निवासी: आवास विकास कॉलोनी, थाना शाहपुर, गोरखपुर



आरोपी का आपराधिक इतिहास



  1. केस नं. 556/2021 – धारा 323, 504, 506 IPC – थाना शाहपुर
  2. केस नं. 801/2023 – धारा 323, 506 IPC – थाना शाहपुर

बरामद सामान



  • चोरी कइल 01 पीली धातु के चेन (16.94 ग्राम)
  • पिघलावल पीला धातु (एक टुकड़ा – 17.94 ग्राम)
  • एक अंगूठी
  • चोरी के धन से खरीदी एक मोबाइल फोन
  • ₹50,000 नगद
  • घटना में इस्तेमाल हथौड़ा
  • एक दोपहिया वाहन

गिरफ्तारी में शामिल पूररा पुलिस टीम



  1. प्र0नि0 नीरज कुमार राय – थाना शाहपुर
  2. प्र0नि0 सुनील कुमार राय – एण्टी थेफ्ट सेल
  3. उ0नि0 राजमंगल सिंह – प्रभारी SOG
  4. उ0नि0 छोटे लाल राय – प्रभारी सर्विलांस सेल
  5. उ0नि0 इन्द्रसेन – थाना शाहपुर
  6. उ0नि0 सत्यम – थाना शाहपुर
  7. उ0नि0 मधुरेश – थाना शाहपुर
  8. उ0नि0 अभिषेक सिंह – थाना शाहपुर
  9. हे0का0 धर्मेन्द्र तिवारी – एण्टी थेफ्ट सेल
  10. हे0का0 अनिल कुमार – एण्टी थेफ्ट सेल
  11. हे0का0 मोसिन खान – एण्टी थेफ्ट सेल
  12. हे0का0 सत्येन्द्र कुमार भास्कर – एण्टी थेफ्ट सेल
  13. हे0का0 दुर्गेश मिश्रा – SOG
  14. हे0का0 करुणा त्रिपाठी – SOG
  15. हे0का0 राम इकबाल – SOG
  16. हे0का0 अरुण यादव – सर्विलांस सेल
  17. का0 रमेश कुशवाहा – एण्टी थेफ्ट सेल
  18. का0 अमित कुमार यादव – एण्टी थेफ्ट सेल
  19. का0 अंकित सिंह – एण्टी थेफ्ट सेल
  20. का0 राजेन्द्र – SOG
  21. का0 जय प्रकाश – थाना शाहपुर
  22. का0 अभिषेक – थाना शाहपुर 
  23. का0 प्रवीन – थाना शाहपुर 


पूरा बाईट 👇


पुलिस बाईट इस घटना के संदर्भ मे


Post a Comment

0 Comments