विज्ञापन

Gorakhpur- मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ उत्तराखंड के राज्यपाल गुरमीत सिंह के कर-कमल से एस.एस. अकादमी के बच्चा सभ के मिलल सम्मान।

 


मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ उत्तराखंड के राज्यपाल गुरमीत सिंह के कर-कमल से एस.एस. अकादमी के बच्चा सभ के मिलल सम्मान।




एस.एस. अकादमी के नन्हका प्रतिभा के कमाल,

महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के प्रतियोगिता में जबरदस्त प्रदर्शन।


गोरखपुर। महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद द्वारा आयोजित श्रीमद्भागवत गीता वाचन, अंताक्षरी, रामचरित मानस आ अंग्रेजी सुलेख प्रतियोगिता में विजय चौक स्थित एस.एस. अकादमी के विद्यार्थी शानदार प्रदर्शन करके विद्यालय आ शहर के मान बढ़वलें।



कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहलें उत्तराखंड के माननीय राज्यपाल लेफ्टिनेंट जनरल (सेवानिवृत्त) गुरमीत सिंह, जबकि कार्यक्रम के अध्यक्षता उत्तर प्रदेश के माननीय मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कइलें। दुनु विशिष्ट अतिथि अपने कर-कमल से सभे विजेता विद्यार्थी के सम्मानित कइलें।



सबसे जादे चर्चा में रहलें कक्षा 2 के नन्हका बालक कनिष्क हरि अग्रवाल, जे कम उमिर में ही अद्भुत प्रस्तुति से श्रीमद्भागवत गीता वाचन प्रतियोगिता में तृतीय स्थान हासिल कइलें। ऊ शिक्षा परिषद के सभ प्रतियोगिता में सबसे कम उमिर वाला विजेता प्रतिभागी रहलें।


कनिष्क हरि के उत्कृष्ट प्रदर्शन से राज्यपाल महोदय, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी आ कार्यक्रम संचालक विशेष रूप से प्रभावित भइलें। प्रमाण पत्र देवे से पहिले माननीय जन उनकरा से खुद बात कइलें आ जोरदार तालियाँ के बीच सम्मानित कइलें।





अंताक्षरी प्रतियोगिता में कनिष्का श्री के नेतृत्व में—


  • कानिष्क श्री अग्रवाल
  • अभिनव अग्रवाल
  • कुशाग्र गुप्ता
  • धान्या यादव
  • श्रेया कुमारी



के टीम बेहतरीन टीमवर्क देखावत द्वितीय स्थान प्राप्त कइलस।


रामचरित मानस प्रतियोगिता में अभिनव अग्रवाल द्वितीय स्थान हासिल कइलें, जबकि अंग्रेजी सुलेख प्रतियोगिता में नित्या जायसवाल तृतीय स्थान पर रहलें।


पुरस्कार वितरण कार्यक्रम में विद्यालय प्रबंधक कनक हरी अग्रवाल, प्रधानाचार्या डॉ. निशि अग्रवाल, शहर के गणमान्य लोग, अभिभावक आ शिक्षा जगत के प्रतिनिधि भारी संख्या में मौजूद रहलें। सभे लोग बच्चा सभ के उपलब्धि के सराहना करत उनकर उज्जवल भविष्य खातिर शुभकामना देलें।


Post a Comment

0 Comments