विज्ञापन

बलिया के चितबड़ागांव में 22 मार्च के होई महा जलवा! पूर्व मंत्री उपेंद्र तिवारी जी के पदयात्रा समापन पर जुटी हजारों के भीड़, स्टार कलाकारन के रंगारंग कार्यक्रम।

बलिया के चितबड़ागांव में 22 मार्च के होई महा जलवा! पूर्व मंत्री उपेंद्र तिवारी जी के पदयात्रा समापन पर जुटी हजारों के भीड़, स्टार कलाकारन के रंगारंग कार्यक्रम।




चितबड़ागांव। पूर्व मंत्री उपेंद्र तिवारी के ओर से फेफना विधानसभा क्षेत्र में निकालल गइल पदयात्रा के समापन के मौका पर भव्य कार्यकर्ता अभिनंदन समारोह के आयोजन कइल जा रहल बा। ई कार्यक्रम 22 मार्च 2026, रविवार के दिन होई।



मिलल जानकारी के अनुसार, पदयात्रा के शुरुआत नगर पंचायत कार्यालय चितबड़ागांव से दुपहरिया 3 बजे होई। एह पदयात्रा के समापन आ कार्यकर्ता अभिनंदन समारोह रामलीला मैदान, चितबड़ागांव में सांझ 6 बजे से आयोजित कइल जाई।


कार्यक्रम में क्षेत्र के प्रमुख नेता आ भारी संख्या में कार्यकर्ता लोग शामिल होई। एह मौका पर कई जनप्रतिनिधि भी मौजूद रहीहन। कार्यक्रम के खास बात ई बा कि एह में सांस्कृतिक कार्यक्रम के भी आयोजन कइल गइल बा, जवन में क्षेत्रीय कलाकार आपन प्रस्तुति दीहन जवना में भोजपुरी जगत के मशहूर कलाकार आ अभिनेता गोपाल राय, सन्नी पांडे, मनोहर सिंह, सोनू लाल संधूआ, अभय नारायण सिंह, हरेंद्र सिंह, हरिनारायण हलचल, रितु राय, अलका सिंह पहाड़िया, अनुभा राय आ वैष्णवी राय अपना कला के जलवा बिखेरीहन।


एह कार्यक्रम में जिला आ प्रदेश स्तर के वरिष्ठ भाजपा नेता आ जनप्रतिनिधि लोग के भी शामिल होखे के उम्मीद बा।


आयोजक लोग सभे कार्यकर्ता आ आम जनता से अपील कइले बा कि अधिक से अधिक संख्या में पहुंच के कार्यक्रम के सफल बनावल जाव।



Post a Comment

0 Comments