विज्ञापन

Ballia : सुरेमनपुर, बैरिया से गोरखपुर ले एसी बस सेवा के शुभारंभ, भाजपा कार्यकर्ता सभे हरियर झंडी देखा के रवाना कइलें।

सुरेमनपुर, बैरिया से गोरखपुर ले एसी बस सेवा के शुभारंभ, भाजपा कार्यकर्ता सभे हरियर झंडी देखा के रवाना कइलें।

फोटो और न्यूज़ स्रोत- सोशल मीडिया दैनिक भास्कर तथा बलिया आजकल(डिजिटल प्लेटफार्म)

सुरेमनपुर से गोरखपुर ले एसी बस सेवा के शुभारंभ, भाजपा कार्यकर्ता सभे हरियर झंडी देखा के रवाना कइलें

उत्तर प्रदेश सरकार के परिवहन मंत्री(स्वतंत्र प्रभार) दयाशंकर सिंह के पहल पर सुरेमनपुर से गोरखपुर ले उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम (UPSRTC) के ओर से वातानुकूलित (एसी) बस सेवा के शुरुआत कइल गइल। सोमार के सुरेमनपुर में भाजपा के कार्यकर्ता आ पदाधिकारी सभे हरियर झंडी देखा के बस के गोरखपुर खातिर रवाना कइलें। एह मौका पर परिवहन मंत्री मौजूद ना रहले।


बस के हरियर झंडी देखा के रवाना करे वाला लोगन में भाजपा नेता मृत्युंजय तिवारी ‘बबलू’, अरविंद सिंह सेंगर, सीबी मिश्रा, अमिताभ उपाध्याय, जयप्रकाश साहू, मंटू बिंदतारकेश्वर गोड़ शामिल रहलें।

एह अवसर पर रत्नेश सिंह, दिलीप गुप्तभोलू साहनी समेत कई गो लोग चालक आ परिचालक के फूल-माला पहिरा के स्वागत कइलस। कार्यक्रम के दौरान मौजूद लोगन के बीच मिठाई बाँटल गइल आ बस सेवा के शुरुआत पर खुशी जतावल गइल।

Disclaimer- ई फोटो सोशल मीडिया से अलग अलग पेज से प्राप्त भईल बा, यात्री लोगन से गोहार बा कि बस पकड़े पहिले एक बाद परिवहन विभाग आ चाहें बस स्टैंड पर समय आ किराया खातिर ज़रूर संपर्क कर लेब। कवनो भी समय आ बस के बाक़ी जानकारी में त्रुटि पर भोजपुरी न्यूज़ ज़िम्मेदार ना होई।




Post a Comment

0 Comments