बलिया : बैरिया शहीद स्मारक पर दिहल गईल अगस्त क्रांति के शहीद लोगन के श्रद्धांजलि।
18 अगस्त द्वाबा के खातिर खास दिन बा। एहि दिन क्रांतिकारी लोग 1942 में थाना पर तिरंगा फहरावल गईल, लेकिन एहमे 20 गो लोग शहीद हो गईले। 18 अगस्त 1952 के शहीदन के स्मृति के जिदा रखे के खातिर स्मारक बनावल गईल । बुध के सुबह से ही लोग आवत रहले अउरी स्मारक पे जाके पुष्प अर्पित करत रहले।
परंपरा के अनुसार थानाध्यक्ष के पूजा शहीद के श्रद्धासुमन अर्पित करे खातिर प्रत्येक वर्ष के भांति एहू साल भी बुध के सर्वप्रथम बैरिया के थानाध्यक्ष राजीव कुमार मिश्र विधिवत पूजा अर्चना कई के शहीद स्मारक पे चादर चढ़ाके नमन कइनी।
भाजपा के तरफ से सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त, पूर्व सांसद भरत सिंह, भाजपा के जिलाध्यक्ष जयप्रकाश साहू, राष्ट्रीय कार्य परिषद के सदस्य विजय बहादुर सिंह, विधायक सुरेंद्र सिंह के तरफ से उनकर पुत्र विद्याभूषण सिंह, हजारी शहीद स्मारक पे फूलमाला चढ़ाके श्रद्धासुमन अर्पित कइले। नगर पंचायत बैरिया के तरफ से अध्यक्ष शांति देवी, अध्यक्ष प्रतिनिधि शिवकुमार वर्मा मंटन, अधिशासी अधिकारी आशुतोष ओझा, आनंद कुमार श्रद्धा के पुष्प अर्पित कइले। सपा नेता सूर्यभान सिंह, पूर्व विधायक जयप्रकाश अंचल, पूर्व विधायक सुभाष यादव, संजय उपाध्याय आदि लोग शहीदन के श्रद्धासुमन अर्पित कइले। कांग्रेस के तरफ से विनोद सिंह, सीबी मिश्र, पीयूष मिश्र आदि शहीद स्मारक पे श्रद्धा के फूल चढ़इले। बसपा के अंगद मिश्र भी श्रद्धांजलि दीहले।
सैनिक संगठन के सदस्य भी पहुंच के सैनिक संगठन के तरफ से जिलाध्यक्ष अखिलेश्वर सिंह के नेतृत्व में भूतपूर्व सैनिकों भी शहीद स्मारक पे पुष्प चक्र चढ़ाके अमर शहीदन के सैल्यूट कइ के श्रद्धांजलि दीहले। प्रधान संगठन के अध्यक्ष रोशन गुप्ता के नेतृत्व में प्रधान भी शहीदन के याद कइले। नागाजी सरस्वती विद्या मंदिर भोजापुर, द्वाबा संस्कृत प्रचार समिति महाविद्यालय बैरिया, लोहिया उच्चतर माध्यमिक विद्यालय बैरिया के तरफ से भी पुष्प अर्पित कइल गईल। शहीद रामजन्म गोंड़ के पौत्र सुरेश गोंड़ अउरी शहीद छट्ठू कमकर के पौत्र श्रीनाथ के कांग्रेस नेता सीबी मिश्र अंगवस्त्रम से सम्मानित कइले।
0 Comments