पाटलिपुत्र-बलिया डेमू स्पेशल ट्रेन चालू होखी, 10 जनवरी से 31 मार्च तक चली 81 फेरा
गोरखपुर, 09 जनवरी 2025: रेलवे प्रशासन यात्री लोगन के बढ़त भीड़ देखत पाटलिपुत्र-बलिया-पाटलिपुत्र डेमू स्पेशल ट्रेन के 10 जनवरी से 31 मार्च 2025 तक 81 फेरा खातिर चलावे के फैसला कइले बा। ई ट्रेन से सफर करे वाला लोग के बहुते सहूलियत होखी।
ट्रेन के टाइमिंग:
05297 पाटलिपुत्र-बलिया डेमू स्पेशल ट्रेन
• पाटलिपुत्र से प्रस्थान: सबेरे 08:15 बजे
• मुख्य स्टेशनों पर समय:
• दीघा ब्रिज हाल्ट: 08:22 बजे
• भरपुरा पहलेजाघाट: 08:39 बजे
• परमानन्दपुर: 08:51 बजे
• नयागांव: 08:58 बजे
• सीतलपुर: 09:06 बजे
• दिघवारा: 09:15 बजे
• छपरा: 10:45 बजे
• सुरेमनपुर : 11:27 बजे
• बांसडीह रोड: 12:28 बजे
• बलिया पहुँचल: 12:45 बजे
05298 बलिया-पाटलिपुत्र डेमू स्पेशल ट्रेन
• बलिया से प्रस्थान: 13:00 बजे
• मुख्य स्टेशनों पर समय:
• बांसडीह रोड: 13:13 बजे
• रेवती: 14:03 बजे
• सुरेमनपुर: 14:16 बजे
• छपरा: 15:20 बजे
• दिघवारा: 16:20 बजे
• पाटलिपुत्र पहुँचल: 17:55 बजे
यात्री लोग खातिर सहूलियत
ई डेमू ट्रेन से बलिया, छपरा, दिघवारा आ सीतलपुर के बीच यात्रा करे वाला लोग के सफर आसान होखी। भीड़-भाड़ कम करे में ई ट्रेन के चालू होखल बहुते कारगर साबित होखी।
(रेलवे प्रशासन यात्रियन से अपील कइले बा कि ट्रेन टाइमिंग के सही से देख के यात्रा करे आ नियम के पालन करे।)
0 Comments