स्वास्थ्य शिविर में 217 लोगन के मिलल फ्री इलाज
बैरिया। मधुबनी पंचायत में बुध के दिने एक स्वास्थ्य शिविर के आयोजन भइल, जवना के संयोजन मधुबनी के युवा समाजसेवी रवि मौर्य कइले रहस। ई शिविर मधुबनी के महंथ जी के मठिया पर लगावल गइल रहे, जहाँ 217 लोगन के मुफ्त इलाज कइल गइल।
शिविर में असर्फी अस्पताल, बलिया के डॉक्टर लोग द्वारा मरीजन के स्वास्थ्य जांच कइल गइल आ मुफ्त दवाई दिहल गइल। जवन मरीज गंभीर बीमारी से ग्रसित रहले, उनका के विशेषज्ञ डॉक्टर से सलाह लेवे के सुझाव दिहल गइल।
रवि मौर्य कहले कि ई स्वास्थ्य शिविर के मकसद बा लोगन में स्वास्थ्य के प्रति जागरूकता बढ़ावल आ जरूरतमंद लोगन के सही इलाज मुहैया करावल। ऊ कहलन कि उनका सपना बा कि मधुबनी पंचायत के हर आदमी सेहतमंद रहे, बच्चा लोग पढ़-लिख के आगू बढ़े आ महिलाएं सशक्त बने।
शिविर में खास तौर पर ब्लड प्रेशर, शुगर जइसन जांच भइल आ विशेषज्ञ डॉक्टर लोग से स्वास्थ्य संबंधी सलाह दिहल गइल। ई शिविर गाँव के स्वास्थ्य स्तर सुधारे आ समय रहते बीमारी के पहचान करे में मददगार होई।
शिविर में कुल 217 मरीजन के इलाज भइल आ दवाइयन के वितरण कइल गइल। एह शिविर में डॉ. अंकित चौबे, डॉ. एस एन सिंह, ज्योति प्रजापति, शिवकांत मौजूद रहले। शिविर के सफल बनावे में अभिषेक कुमार, प्रीतम कुमार, मुखिया साह, सोनू ठाकुर आ लक्ष्मण केशरी के खास भूमिका रहल।
0 Comments