गोरखपुर - GST सुधार के फायदा देखे खातिर सड़क पर निकलनी मुख्यमंत्री योगी
जीएसटी सुधार के असर आ जनता के प्रतिक्रिया जानेला मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमवारे सड़के पर निकललन। ऊहाँ का बजार में पदयात्रा कइनी आ व्यापारी-ग्राहक से सीधा संवाद कइनी। कपड़ा आ सामान पर लागल नया जीएसटी दर खुद जांचनी ।
गीता होलसेल मार्ट प मुख्यमंत्री योगी से प्रतिष्ठान संचालक शम्भू शाह कहनी – “केंद्र सरकार जीएसटी के दर घटवला से टेक्सटाइल सेक्टर फिनु मजबूत हो गइल बा। टैक्स के दर पाँच प्रतिशत तक आ गइल बा, अब बिक्री बढ़ी।”
सीएम खुदे कपड़ा पर लागल दाम के टैग देखनी , जहवाँ जीएसटी सुधार से पहिले आ बाद के दाम लिखल रहे। ग्राहक से बतियावत योगी जी कहनी – “प्रधानमंत्री मोदी दशहरा पर ही आप सबके दीपावली के उपहार दे दिहनी। अब एह सुविधा के भरपूर फायदा उठाईं।”
सुबह 11 बजे सीएम ‘जीएसटी रिफार्म जागरूकता अभियान’ के शुभारंभ कइनी। सबसे पहिले स्टाइल बाजार पहुँचनी आ दुकान के मुख्य द्वार पर लगावल स्टिकर पर लिखल रहे – “घटी जीएसटी, मिलल दीवाली के उपहार… खुशहाल बा हर परिवार।”
व्यापारी राजेन्द्र खुराना, श्रेयांश आ प्रदीप अग्रवाल से योगी पूछनी कि कपड़ा पर जीएसटी कतना घटल बा। जबाब मिलल – 12% से घटके 5%। सीएम मुस्कुरात कहनी – “अब रउआ कारोबर अउरी तरक्की करी।”
पदयात्रा में जगह-जगह पुष्पवर्षा भइल आ नारा गूँजल – “घटी जीएसटी, बढ़ल व्यापार – धन्यवाद मोदी सरकार।” न्यू स्वीट्स पैलेस पर दुकानदार बिहारी लाल आ जतिन लाल हाथ जोड़ स्वागत कइनी। संवाद में व्यापारी भरोसा दिहलन कि ग्राहक के पूरा लाभ पहुँचावल जाई।
ख़बर स्रोत - इंटरनेट/सोशल मीडिया
0 Comments